Connect with us

Hi, what are you looking for?

Local News Community

साहित्य जगत

देख सखी फागुन के उत्पात : भइल गुलाबी गाल

हई ना देखs ए सखी फागुन के उत्पात।[caption id="attachment_2111" align="alignright"]मनोज भावुकमनोज भावुक[/caption]

दिनवो लागे आजकल पिया-मिलन के रात॥1॥

मनोज भावुक

हई ना देखs ए सखी फागुन के उत्पात।मनोज भावुक

दिनवो लागे आजकल पिया-मिलन के रात॥1॥

अमरइया के गंध आ कोयलिया के तान।

दइया रे दइया बुला लेइये लीही जान॥2॥

ठूठों में फूटे कली, अइसन आइल जोश।

अब एह आलम में भला, केकरा होई होश॥3॥

महुआ चुअत पेड़ बा अउर नशीला गंध।

भावुक  अब टुटबे करी, संयम के अनुबंध॥4॥

बाहर-बाहर हरियरी, भीतर-भीतर रेह।

जले बिरह के आग में गोरी-गोरी देह॥5॥

भावुक हो तोहरा बिना कइसन ई मधुमास।

हँसी-खुशी सब बन गइल बलुरेती के प्यास॥6॥

हमरो के डसिये गइल ई फागुन के नाग।

अब जहरीला देह में लहरे लागल आग॥7॥

मन महुआ के पेड़ आ तन पलाश के फूल।

गोरिया हो एह रूप के कइसे जाईं भूल॥8॥

हँसे कुंआरी मंजरी भावुक डाले-डाल।

बिना रंग-गुलाल के भइल गुलाबी गाल॥9॥

जब-जब आवे गाँव में ई बउराइल फाग।

थिरके हमरा होठ पर अजब-गजब के राग॥10॥

कोयलिया जब-जब रटे काम-तंत्र के जाप।

तब-तब हमरो माथ पर चढ़िये जाला पाप॥11॥

मादकता ले बाग में जब वसंत आ जाय।

कांच टिकोरा देख के मन-तोता ललचाय॥12॥

तन के बुझे पियास पर मन ई कहाँ अघाय।

ई ससुरा जेतने पिये ओतने ई बउराय॥13॥

गड़ी, छुहाड़ा, गोझिया भा रसगुल्ला तीन।

के तोहसे बा रसभरल, के तोहसे नमकीन॥14॥

चढ़ल ना कवनो रंग फिर जब से चढ़ल तोहार।

भावुक कइसन रंग में रंगलs अंग हमार॥15॥

आग लगे एह फाग के जे लहकावे आग।

पिया बसल परदेश में, भाग कोयलिया भाग॥16॥

लहुरा देवर घात में ले के रंग-गुलाल।

भउजी खिड़की पे खड़ा देखें सगरी हाल॥17॥

अंगना में बाटे मचल भावुक हो हुड़दंग।

सब के सब लेके भिड़ल भर-भर बल्टी रंग॥18॥

साली मोर बनारसी, होठे लाली पान।

फागुन में अइसन लगे जस बदरी में चान॥19॥

कबो चिकोटी काट के जे सहलावे माथ।

कहाँ गइल ऊ कहाँ गइल, मेंहदी वाला हाथ॥20॥

फागुन में आवे बहुत निर्मोही के याद।

पागल होके मन करे खुद से खुद संवाद॥21॥

माघ रजाई में रहे जइसे मन में लाज।

फागुन अइसन बेहया थिरके सकल समाज॥22॥

कींचड़-कांदों गांव के सब फागुन में साफ।

मिटे हिया के मैल भी, ना पूरा त हाफ॥23॥

महुए पर उतरल सदा चाहे आदि या अंत।

जिनिगी के बागान में उतरे कबो वसंत।।24॥

के बाटे अनुकूल आ के बाटे प्रतिकूल।

ई कहवाँ सोचे कबो उड़त फागुनी धूल॥25॥

फागुन के हलचल मचल खिलल देह  के फूल।

मन-भौंरा व्याकुल भइल, कर ना जाये भूल॥26॥

झुक-झुक के चुम्बन करे बनिहारिन के गाल।

एतना लदरल खेत में जौ-गेहूं के बाल॥27॥

एतना उड़ल गुलाल कि भउजी लाले-लाल।

भइया के कुर्ता बनल, फट-फुट के रूमाल॥28॥

मह-मह महके रात-दिन पिया मिलन के याद।

भीतर ले उकसा गइल, फागुन के जल्लाद॥29॥

भावुक तू कहले रहS आइब सावन बाद।

फगुओ आके चल गइल, ना चिट्ठी, संवाद॥30॥


मनोज ‘भावुक’ इन दिनों ‘हमार टीवी’ में प्रोग्राम प्रोड्यूसर हैं। उनके बारे में www.manojbhawuk.com पर जाकर ज्यादा जानकारी पा सकते हैं। मनोज से संपर्क [email protected] के जरिए कर सकते हैं।

 

CosmoQuick: AI Recruitment For Media Jobs
3 Comments

3 Comments

  1. b4madmin

    March 19, 2018 at 4:22 am

    this is a comment.

  2. b4madmin

    March 19, 2018 at 5:09 am

    This is another comment.

  3. Demo User

    March 19, 2018 at 5:10 am

    Comment.

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

You May Also Like

मेरी भी सुनो

अपनी बातें दूसरों तक पहुंचाने के लिए पहले रेडियो, अखबार और टीवी एक बड़ा माध्यम था। फिर इंटरनेट आया और धीरे-धीरे उसने जबर्दस्त लोकप्रियता...

राजनीति-सरकार

मोहनदास करमचंद गांधी यह नाम है उन हजार करोड़ भारतीयों में से एक जो अपने जीवन-यापन के लिए दूसरे लोगों की तरह शिक्षा प्राप्त...

साहित्य जगत

पूरी सभा स्‍तब्‍ध। मामला ही ऐसा था। शास्‍त्रार्थ के इतिहास में कभी भी ऐसा नहीं हुआ कि किसी प्रश्‍नकर्ता के साथ ऐसा अपमानजनक व्‍यवहार...

मेरी भी सुनो

सीमा पर तैनात बीएसएफ जवान तेज बहादुर यादव ने घटिया खाने और असुविधाओं का मुद्दा तो उठाया ही, मीडिया की अकर्मण्यता पर भी निशाना...