Connect with us

Hi, what are you looking for?

Local News Community

सियासत

बनारसी होली स्पेशल बजट

चिन्नी चाउर महंग भइल,
महंग भइल पिसान,
मनरेगा क कारड ले के,
चाटा साँझ बिहान…
जोगीरा सा रा रा रा…

चिन्नी चाउर महंग भइल,
महंग भइल पिसान,
मनरेगा क कारड ले के,
चाटा साँझ बिहान…
जोगीरा सा रा रा रा…

का करबा अमरीका जाके,
का करबा जापान,
एमडीएम के खिचड़ी खाके,
हो जा पहलवान…
जोगीरा सा रा रा…

कौन देस के लोहा जाई,
कौन देस अलमुनिया,
आ कौन देस में डंडा बाजी,
कौन देस हरमुनिया…
जोगीरा सा रा रा रा…

चीन देस के लोहा जाई,
अमरीका अलमुनिया,
आ नियामतगिरि में डंडा बाजी,
संसद में हरमुनिया…
जोगीरा सा रा रा रा…

केकरे खातिर पान बनल बा,
केकरे खातिर बांस,
केकरे खातिर पूड़ी पूआ,
केकर सत्यानास…
जोगीरा सा रा रा रा…

नेतवन खातिर पान बनल बा,
पब्लिक खातिर बांस,
अफ़सर काटें पूड़ी पूआ,
सिस्टम सत्यानास…
जोगीरा सा रा रा रा.

Pahad Ki Dada: Hill Mail Uttarakhand
CosmoQuick: AI Recruitment For Media Jobs
Click to comment

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

भड़ास लीगल टीम : Bhadas Legal Team

भड़ास मेल: [email protected]

Latest 100 भड़ास

विज्ञापन