चिन्नी चाउर महंग भइल,
महंग भइल पिसान,
मनरेगा क कारड ले के,
चाटा साँझ बिहान…
जोगीरा सा रा रा रा…
का करबा अमरीका जाके,
का करबा जापान,
एमडीएम के खिचड़ी खाके,
हो जा पहलवान…
जोगीरा सा रा रा…
कौन देस के लोहा जाई,
कौन देस अलमुनिया,
आ कौन देस में डंडा बाजी,
कौन देस हरमुनिया…
जोगीरा सा रा रा रा…
चीन देस के लोहा जाई,
अमरीका अलमुनिया,
आ नियामतगिरि में डंडा बाजी,
संसद में हरमुनिया…
जोगीरा सा रा रा रा…
केकरे खातिर पान बनल बा,
केकरे खातिर बांस,
केकरे खातिर पूड़ी पूआ,
केकर सत्यानास…
जोगीरा सा रा रा रा…
नेतवन खातिर पान बनल बा,
पब्लिक खातिर बांस,
अफ़सर काटें पूड़ी पूआ,
सिस्टम सत्यानास…
जोगीरा सा रा रा रा.