Connect with us

Hi, what are you looking for?

Local News Community

सियासत

…चिक्कन भारत क बापू के सपना पुरावल जाई हो… (सुनें)

पूर्वी उत्तर प्रदेश के जाने-माने गीतकार डा. एमडी सिंह ने स्वच्छता अभियान को लेकर भोजपुरी में एक गीत की रचना की है. गाजीपुर के जाने माने होम्यो चिकित्सक डा. एमडी सिंह की इस भोजपुरी रचना को स्वर दिया है डा. अरविंद पांडेय ने.

आप भी सुनिए और आनंद लीजिए… नीचे क्लिक करें…

महतमा गांधी के तनी त करजा चुकावल जाई हो
चिक्कन भारत क बापू के सपना पुरावल जाई हो

मोदी जोगी सिनहा शाह
सबका हिया में जागल चाह
मलि देशवा क मइल धोइहैं
बुताई तब जियरा क दाह

अरे हमनियो के ओ सभनिन क संघत निभावल जाई हो
चिक्कन भारत क बापू के सपना पुरावल जाई हो

पनडोहा ना बज बज करी
घर दुआर ना माछी मरी
जे बस्सइहैं ना पोखरि डगर
तब्बै बुद्धी क दियना बरी

लीप पोति एहि देशवा के महमह महकावल जाई हो
चिक्कन भारत क बापू के सपना पुरावल जाई हो

करे न बहरे जाई मैदान
तबै कनिया पाई सम्मान
निम्मन सुघ्घर दिख्खी सबके
त देशवा के होई गुनगान

बइठल सबके अँखिया पर से गरदा उड़ावल जाई हो
चिक्कन भारत क बापू के सपना पुरावल जाई हो

-डॉ एमडी सिंह
गाजीपुर

Local News Community
Click to comment

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

भड़ास लीगल टीम : Bhadas Legal Team

भड़ास मेल: [email protected]

Latest 100 भड़ास

विज्ञापन